
नवाब मंजूर
जे जागल बा
ऊ लागल बा
जे लागल बा
ऊ साजल बा
Government Advertisement...
जे साजल बा
ऊ माजल बा
जे माजल बा
ऊ चम_क’अ ता
जे चमक’अ ता
ऊ दमक’अ ता
जे दमक’अ ता
ऊ गमक’अ ता
जे सुतल बा
ऊ बुतल बा
जे बुतल बा
ऊ मुअल बा
डाली पर के चुअल बा
ओही सबसे से बाजल बा
नीच साबित करे पर लागल बा
ओकरे मन भीतर काजल बा
कहियो ना होखी उनकर उद्धार
घूमिहें सब दिन दांत चियार!
¤ प्रकाशन परिचय ¤
![]() | From »मो. मंजूर आलम ‘नवाब मंजूरलेखक एवं कविAddress »सलेमपुर, छपरा (बिहार)Publisher »देवभूमि समाचार, देहरादून (उत्तराखण्ड) |
|---|








